आईं देखीं रउवा हमार पटना

01-05-2023

आईं देखीं रउवा हमार पटना

आशीष कुमार (अंक: 228, मई प्रथम, 2023 में प्रकाशित)

(भोजपुरी रचना)

 

आईं भोजपुरिया बहार देखीं
चलीं गंगा माई केे धार देखीं
मन होखे रउवा घूमीं ओतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
पाटलिपुत्र पहिला नाम पड़ल
मगध राज के फिर झंडा गड़ल
उदयिन दिहले एकरा नाम पटना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
हनुमान जी के दर्शन कर लीं
हरमंदिर साहिब में मत्था टेकीं
पटन देवी के बाटे मान केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
चलीं गोलघर आलिशान देखीं
संजय गाँधी जैविक उद्यान देखीं
देखीं गाँधी मैदान विशाल केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
जिउतिया माई के उपवास देखीं
राखी खातिर इहवाँ उल्लास देखीं
सभे रंग दिखी रउवा खोजब जेतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
छठी माई के इहवाँ भक्ति देखीं
गुरु गोविंद सिंह के जयंती देखीं
होली दीवाली ईद त्यौहार केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
लिट्टी चोखा तनी खा के देखीं
मगही पान तनी चबा के देखीं
ठेकुआ खाजा में बा मिठास केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
मालपुआ जलेबी के प्यार देखीं
दही पापड़ खिचड़ी अचार चखीं
तिलकुट खुरमा लकठो के यार केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना
 
खाँटी माटी के पहिचान देखीं
बिहार के राजधानी ह शान देखीं
पूरा करलीं सभे आपन सपना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

0 टिप्पणियाँ

कृपया टिप्पणी दें

लेखक की अन्य कृतियाँ

कविता
किशोर साहित्य कविता
हास्य-व्यंग्य आलेख-कहानी
नज़्म
कहानी
हास्य-व्यंग्य कविता
गीत-नवगीत
कविता - हाइकु
बाल साहित्य कविता
विडियो
ऑडियो

विशेषांक में